आइल कार्तिक के महिनवा
छठी मैया अइले अँगानवा
सब-केहु लिपे पोते घरवा
कि छठी मैया अइले अँगानवा ।
|१|
आइल कार्तिक के महिनवा
बाबु-माइ जैहे कलैया वजरिया
किनिहे अरखके समान
कि छठी मैया अइले अँगानवा ।
|२|
आइल कार्तिक के महिनवा
बिनिहे बाँसके दउरा-सुपुलिया
दोहरी गऊवाके डोमिनिया
कि छठी-मैया अइले अँगानवा ।
|३|
आइल कार्तिक के महिनवा
बेचिहे हाँडी-ढाकना दुवरिया
सिस्वा-महेशपुर गऊवाके कोहार
कि छठी मैया अइले दुवार ।
|४|
आइल कार्तिक के महिनवा
छइलेबा सबके मनमें बहार
पुजिहे पोखरा, नदि-ताल के घाट
कि छठी माइ करिहे
सबके जिनगी खुशहाल।
|५|
विनोद शाह
कलैया-२, बारा, नेपाल
हाल, न्युयोर्क, अमेरिका
अक्टोबर १५, २०२१
प्रतिक्रिया